Contact
for Advt.:

editor@chapranews.com


Your Ad Here

छपरा न्यूज

शनिचर, ७ जून २००८

Daily News

पी एम सीएच में आए दिन जूनियर डाक्टर आ मरीजन के परिजनन का बीच का झगड़ा से आजु मुख्यमंत्री नीतीश कुमार काल्हु प्रशासन के आदेश दिहलन कि चौबीस घंटा का भीतर अस्पताल के सुधार दिहल जाय. बियफे का दिने कुछ पत्रकारन पर पीएमसीएच में जूनियर डाक्टर लोग हमला कर दिहले रहे जवना का बाद एक दर्जन लोग पर वारण्ट जारी कईल गईल बा. कई गो घटना में पुलिस का तरफ से कवनो मजगर एक्शन ना लिहला से जूनियर डाक्टरन के दिमाग चढ़ गईल बा.

आठ जून के दिल्ली में होखे वाला शक्ति परीक्षण खातिर भाजपा विधायकन के दुनू गुट आपन आपन पूरा ताकत झोंक दिहले बा.

छपरा जिला के तरैया प्रखण्ड में चेचक का बेमारी से कई लोग पीड़ित हो गईल बा. एगो ओरत के मउतो हो गईल बा. पता ना स्वास्थय विभाग के का कहनाम बा काहे कि दुनिया के १९७४ मे चेचक मुक्त घोषित कईल जा चुकल बा आ अब एकर टीका केहू जे नइखे लगावल जात. दुनिया के मोटे छह गो प्रयोगशाला का लगे एकर टीका उपलब्ध बा.

दिघवारा में एगो बस रात का अन्हरिया में झमाझम बरखा का बीच पलटि गइल आ दूकान पर सूतल एगो युवक के कचार दिहलसि. युवक के मौत ओहिजे हो गईल.

बुध का दिने बड़ी लाइन बनला का बाद कटिहार जोगबनी लाइन के उद्घाटन का मौका पर लालू प्रसाद जोगबनी कोलकाता एक्सप्रेसो के रवाना कइलन.

ताड़ी का झगड़ा में मैरवा के सेमरा गांव के दू गो ताड़ीबाज चचेरा भाई अपने में लड़ि के कट मरलें. दुनू एक दुसरा के फसुली से काट दिहलें. एगो त ओहिजे मर गईल दोसराक अस्पताल जाए का रास्ता में मरल.

कहल जात बा कि सरसरा गाँव के मंटू सिंह अपना ड्राइवर कमालुद्दीन अंसारी के पता ना कवना बाति पर बान्ह के अतना पिटलन कि ओकर मौत अस्पताल में इलाज का दौरान हो गईल. बाद में लोग सड़क जाम करके मंटू सिंह के गिरफ्तारी के मांग कईल. गिरफ्तारी के आश्वासन मिलला का बाद जाम हटा लिहल गईल.

सिवान के गुलजार बाजार में बियफे का दिन बदमाशन का गोली से तीन जने घवाहिल हो गइलें.

गोपालगंज का उत्तरी इलाका में गंगा नर्सरी का लगे कबाड़ में फेकंल बम का फाटला से कबाड़ चुने वाला एगो लड़िका घवाहिल हो के ओहिजे मर गइल.

तीन दिन से चलल आ रहत एमजेके अस्पताल बेतिया के हड़ताल टूट गइल.

मोतिहारी का कोतवा थाना के इलाका में बेलवा माधो आ बंगरा चौक का बीच एगो बस आ ट्रक का टक्कर में दू आदमी के जान चलि गइल आ दर्जनो लोग घवाहिल हो गईल.

अबहीं आगहूं कुछ दिन ले छपरा न्यूज पर देर सबेर लागल रही आ बीच में हफ्ता भर बन्दिओ रहि सकेला. समयाभाव का चलते आ कुछ दिन प्रवास पर रहे का मजबूरी का चलते अइसन होखे जा रहल बा. रउरा सभ से त कई हालि पुछनीं कि कुछ बताईं कि कइसे एकर दोसर व्यावहारिक उपयोग हो सकेला. बलिया न्यूज के पाठक लोग त अपने में बोल बतिया के काम चला रहल बा.

देश दुनिया के टटका खबर
बसिया खबर