छपरा न्यूज
अतवार, ११ मई २००८

Daily News
सरकार फैसला लिहले बिया कि हर पंचायत में एक सौ टन अनाज राखे लायक गोदाम बनावल जाई आ ब्लाक स्तर पर अढ़ाई सौ टन के. सोचीं कि कतना लोग के रोजगार मिल जाई गोदाम में माल रखावो भा ना!
राज्य के जिला जज लोगन के प्रदेश सम्मेलन के संबोधित करत हाइकोर्ट के कार्यकारी मुख्य न्यायाधीश न्यायमूर्ति चन्द्रमौली कुमार प्रसाद कहलन कि सुचारु सहज न्याय खातिर निचली अदालतन में ठीक से काम होखल जरुरी बा. सम्मेलन में निचली अदालतन में बुनियादी सुविधो के कमी के रोना रोवल गइल.
नयका लोक निर्माण मंत्री प्रेम कुमार कहले बाड़े कि काम में कोताही बरदाश्त ना कइल जाई. कहलन कि चिन्ता के बाति बा कि साल भर में कुल्लम पनरह फीसदी के काम हो पावल बा.
जदयू के दलित एकता महासम्मेलन में केन्द्रीय ग्रामीण विकास मंत्री रघुवंश प्रसाद सिंह कहलन कि बिहार सरकार महादलित का नाम पर दलितन में फूट डाले के कोशिश कर रहल बिया.
गया मेडिकल कालेज में एगो सीरियस मरीज के मौत का बाद ओह मरीज के परिजन डाक्टरन के पीट दिहलन जवना का बाद जुनियर डाक्टर हड़ताल पर चल गइलें.
जहानाबाद में बस पलटला का चलते चार गो सवारी के जान चलि गइल. मरे वाला बिगहा गाँव के रहन.
बक्सर में स्टेट बैंक के चौसा शाखा से लूटल साढ़े चार लाख रुपिया में से छियासठ हजार बरामद हो गइल बा. अरे भाई इ त पनरह परसेण्ट कमीशन माफिक लागत बा!
शाहपुर के मुखिया पर मजदूरी में से कमीशन लेबेका खिलाफ पहलेजा के नागेन्द्र पासवान सोनपुर थाना में केस दर्ज करवले बाड़न.
दू महीना बादो जरल ट्रान्सफार्मर ना बदलइला पर खिसियाइल उपभोक्ता छपरा राजेन्द्र सरोवर बिजली विभअग के कार्यालय पर हंगामा कइले.
एकमा के गजियापुर में मिडिल स्कूल के नया बनल भवन के उद्घाटन करत प्रदेश के ग्रामीण विकास मंत्री भवान सिंह कुशवाहा कहलन कि विकास खातिर प्रदेश में पइसा के कमी नइखे. जवन प्रतिनिधि अपना क्षेत्र में अधिका पइसा खरच करी ओकरा के आउरी पइसा दिहल जाई.
गाड़ी चोर गिरोह के बबलू अंसारी के गोपालगंज के बैकुण्ठपुर बाजार से गिरफ्तारकर लिहल गइल. ऊ राजेश पंडित गिरोह के सदसय हवे.