Contact
for Advt.:

editor@chapranews.com


Your Ad Here

छपरा न्यूज

शनिचर, १० मई २००८

Daily News

बक्सर में स्टेट बैंक के चौसा शाखा पर दकैती करे आइल डकैतन में से चार गो के भीड़ पीटपीट के मुआ दिहुवे. बाकिर बाकी डकैत बैंक के सुरक्षाकर्मी के मार साढ़े चार लाख रुपिया लूट के भागे में सफल रहलन स.

पटना डीएवी स्कूल, ट्रांसपोर्ट नगर के बस आ एगो कोच में टक्कर हो गइला से स्कूल से लवटत दर्जन भर छात्र घवाहिल हो गइले.

रेल आरक्षण में धाँधली रोके खातिर अब पटना जंक्शन का हर आरक्षण खिड़की पर कैमरा लगावल जाई ताकि दलालन पर नजर राकल जा सके.

बनियापुर के हरपुर में बियफे का रात पड़ल डकैती में सुदर्शन राय का घर से दू लाख रुपया के सम्पत्ति लूट लिहल गइल.

मढ़ौरा के हसनपुरा पंचायत के खरौनी गाँव में एगो आदमी के भूख से मरे के समाचार छपल बा. गांव के मुखिया का अनुसार मौत भूख से ना बेमारी का चलते भइल बा.

सिवान के जेपीनगर में घर में घुसल एगो चोर के लोग पीट पीट के मार डललसि. मृतक अकबर कुरैसी ताजपुर बसही के रहे वाला रहुवे.

गोपालगंज बस स्टैन्ड का लगे कुछ लोग का आपसी झगड़ा में तीन जने गम्हीराहे घवाहिल होके अस्पताल में भरती करावल गइले.

कुचायकोट में एगो कुख्यात अपराधी तेजप्रकाश अवधिया के गोपालपुर पुलिस बियफे का रात गिरफ्तार कर लिहलसि.

कुसौंधि के दलित मुखिया कपिलदेव राम के कुछ लोग झगड़ा का दौरान पीट के भवाहिल कर दिहले.

बिहिया टीसन पर गाड़ी का नीचे आके दू जने के जान चलि गइल. एगो आदमी तरारी के सुदामा रहे. पांच साल के एगो बच्ची के पहिचान नइखे हो पावल.

बड़हरवा पेट्रोलपम्प के मालिक से पाच लाख रुपिया रंगदारी मांगे का आरोप में कोटवा के संदीप के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.

देश दुनिया के टटका खबर
बसिया खबर