छपरा न्यूज
शुक, ९ मई २००८

Daily News
लालू भैया के शिकायत बा कि केन्द्र सरकार महिला आरक्षण खातिर त बेचैन बिया बाकिर निजी क्षेत्र का नौकरियन में आरक्षण देआवे खातिर कुछुव नइखे करत. ऊ संप्रग के वादा पूरा करावे के मांग कइले बाड़े.
बियफे का दिने पतरखा का जंगल में भीड़ का मौजूदगी में कुख्यात भागड़ यादव एसपी का सोझा समर्पन कर दिहलसि. कहलस कि देवरिया के डाक्टर मधेसिया का अपहरण में फोरौती का रुप में मिलल रुपिया में से दस लाख रुपिया बैजनाथ महतो अपना सहयोगी के देअउवन.
पुरनका मंत्री लोग के आपन डरा खाली करे के ना पड़े सरकार एकरा फेर में बिया. एहसे ओह लोग के नाराजगी शायद कुछ कम हो सकी.
छपरा के भरत मिलाप चौक का लगे दू गो सोना व्यापारियन से तीन लाख के गहना लूट लिहल गइल. ऊ लोग संपर्क क्रान्ति एक्सप्रेस से उतरि के घरे जात रहुवे.
पचरुखी के शिवशंकर सिंह के हत्या काल्हु मौर्या एक्सप्रेस में छूरा मार के कर दिहल गइल. शिवाशंकर गोरखपुर से इलाज करा के लवटत रहुवे. लाश अइसे फेंकल गइल रहे कि बुझाव कि रेल से गिर के मरल बाड़े.
पिछला जनवरी में धनौती गांव में कोहराम मचावे वाला माओवादी प्रेम माँझी के बुध का दिने पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि.
आरा से भागल प्रेमी प्रेमिका के जोड़ी छपरा भगवान बाजार के गुदरी मुहल्ला में किराया पर डेरा लेके रहत में पकड़ा गइलें. ओह लोग के पता ओह लोग के मोबाइल का लोकेशन से मालूम हो गइल.