छपरा न्यूज
बियफे, ८ मई २००८

Daily News
तीन दिन से बिजली के भयंकर संकट के कारण छपरा न्यूज अपडेट ना हो पावल एकर अफसोस बा. ऊहू से ज्यादा दुख एह बाति के बा कि रउरा लोग में से केहू शिकायत ना कइल. एक तरफा संवाद से संतोष ना होला.
ताँतिया कन्स्ट्रक्शन का खिलाफ सरकारी कार्रवाई से नाराज बिहार में काम करेवाली निर्माण एजेन्सी एकवट गइल बाड़ी स आ सरकार के कवनो टेण्डर में शामिल ना होखे के फैसला कइले बाड़ी स.
बिहार में नदियन के एक दोसरा से जोड़े के प्रस्ताव केन्द्र का लगे भेजल गइल बा. एह योजना में गण्डक के महानन्दा से, कोसी के गंगा से जोड़ल जाई.
महिला आरक्षण विधेयक पर राजद धमकवले बा कि अगर विधेयक के एही रुप में पास करे के कोशिश कइल गइल त सरकार से समर्थन वापिस ले लिहल जाई. अधिकतर पिछड़ा नेता एह कोटा में से पिछड़ा वर्ग के मेहरारुवन खातिर अलगा से कोटा मांगत बाड़न.
पटना में एगो ठेकेदार के गोली मार के ओकरा से अढ़ाई लाख रुपया लूट लिहल गइल. घवाहिल ठेकेदार रामबालक प्रसाद के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
कांग्रेस विधायिका सुनीता देवी पर यौन शोषण के आरोप लगावे वाला उनकर बाडी गार्ड लाली के निलम्बित कर दिहल गइल बा.
छपरा के उपहार नर्सिंग होम में एगो नया आपरेशन से ग्रास नलिका ओसोफेगस में स्टड डाल के बिहार में पहिलका हालि अइसनका आपरेशन के दावा कइल गइल बा.
दाउदपुर का लगे बनवार ढाला से पूरब लखेड़ा ब्रह्म का लगे एगो टैंकर आ पिकअप वान के टक्कर में पिकअप के ड्राइवर घवाहिल हो गइल.
इसमइला दियरा में गेंहू के खड़ा फसल काटे खातिर दू गो गिरोहन में जम के गोलीबारी चलल. बाद में पुलसि शेषनाथ राय के गिरफ्तारकर लिहलसि.
रसूलपुर के बालनवादा गांव के एगो आदमी ३ मई से गायब बा. घर से ऊ छपरा रेल रिजर्वेशन खातिर गइल रहे जहाँ से अबले नइखे लवटल.
सिवान जेल में बन्द राजद सांसद शहाबुद्दीन का खिलाफ चल रहल मामिलन के सुनवाई बुधो का दिन जेले में सुचारू रूप से चलल.
दू साल पहिले सासामुसा चीनी मिल के बीस लाख रुपिया लूटे का मामिला में पुलसि नूरैन मियां के भाई अबरैन के गिरफ्तार कर लिहलसि. नूरैन पहिलही पकड़ा चुकल बा.
छपरा सिवान गोपालगंज तीनो जनपद में प्रखण्ड मुख्यालयन पर कांग्रेस महँगाई का खिलाफ धरना दिहलसि. मजा के बात बा कि केन्द्र में ओकरे सरकार चलत बा.
इन्दिरा आवास खातिर मिले वाला अनुदान पचीस हजार से बढ़ा के पैंतीस हजार कर दिहल गइल बा.